चौकीदरवा के देबो चुनी चुनी गारी,
15 लाख क वादा उ कईले,
9 साल बीतल पैसा ना अईले,
24 में मामला विरोधियों के भारी,
सहेबवा के देबो चुनी चुनी गारी
झोला उठाओ झोला लेकर चले जाओ,
मन की बात कहीं और सुनाओ,
तोहार 24 में ढील होई लमरदारी,
जंतर मंतर पर बेटी रोवेली,
चौकीदरवा के बाट जोहेली
चौकीदारवा के मंत्री भईल व्यभिचारी
सहेबवा के देबो चुनी चुनी गारी
14 में एगो आइल फकीर हो
2 करोड़ नोकरी के खीचल लकिर हो,
नोकरी ना चकरी बढ़ल बेरोजगारी,
दुलरुआ बबुआ बेचेल तरकारी
सहेबवा के देबो चुनी चुनी गारी
सुन सुन साहेब करप्शन के खेल हो
पटरी रेल हो जाला डीरेल हो,
मोरबी में पुल टूटल केकर जिम्मेदारी
सहेबवा के देबो चुनी चुनी गारी
सूट 10 लाख चस्मा 2 लखिया
पूछला सवाल त चोरावे ला अखियां
ई फकीरवा के बाटे अडनीयां से यारी
सहेबवा के देबो चुनी चुनी गारी
0 टिप्पणियाँ